भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

सून कह के गइलऽ श्याम हमरी भवनवाँ / महेन्द्र मिश्र

Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 06:26, 22 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

सून कह के गइलऽ श्याम हमरी भवनवाँ,
निरमोहिया भइल ए साँवरू।
तोहरो बतिया मतिया के मरलस,
इहे बाटे मन में घोराइल।
तोहरो बंसिया सपनवाँ में बाजेला,
अगिया लगावे एही तानवाँ।
द दरदिया देल अ ए साँवरू।
हमरो सुगनवाँ के भेंड़वा बनवलू
कइसन बाटे तोहार टोना।
ए कूबरो तू भोग ना पइबू
हमरा घर के सोनवाँ।
ए महूरवा भइलऽ ए साँवरू।
जवानी सुरतिया मन में बसल बा,
कवनो जतन से ना जाई।
ए ऊधो तू जा के कहिहऽ
अइसहीं बिताएब उमीरिया।
ए सपनवाँ भइल ए साँवरू।