भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

होति बा लड़ाई घनघोर जे फराँस बीच / दूधनाथ उपाध्याय

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 18:49, 28 सितम्बर 2013 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

होति बा लड़ाई घनघोर जे फराँस बीच,
तवने के चारु ओर चरचा सुनात बा।

चमचम तलवारि चमकति बाटे,
धमधम गोला तोप घहरात बा।

बीर हरषत बाड़े, रन में लड़त बाड़े,
कायर डरत बाड़े, मन घबरात बा।

‘दूधनाथ’ बीरन्हि के भुजा फरकति बाड़े,
लड़े के चाहत बाड़े, मन हरषात बा।