Last modified on 29 सितम्बर 2013, at 15:03

ना जाने जे अँखिया में केतना ले लोर बा / जगदीश ओझा ‘सुन्दर’

ना जाने जे अँखिया में केतना ले लोर बा।।

प्यारी-प्यादी अँखिया में कारी-कारी पुतरी
पलक का खोंता जइसे झाँकेली कबूतरी
जेतने छलके भरि-भरि आव ओतने
ना जाने नयनवाँ में केतना हिलोर बा।।

नन्हीं मुटी जियरा के केतना अहेरिया
करेले अहेरि भैया दिन-दुपहरिया
सहत-सहत वार थाकली जिनिगिया
ना जानि करेजवा में केतना मरोर बा।।

जोहत-जोहत बटिया दिनवाँ सिरइले
पिअत-पिअत रस मन ना अघइले
ना जाने मिलनवाँ के राति बाड़ी केतना
ना जाने बिरहवा के केतना ले भोर बा।।

चनवाँ-सुरुज कवनो काम नाहीं अइहें
जहिया ए जियरा के दियरा बुतइहें
जब ले परनवाँ बा, तबे ले बटोर बा

जबले सनेहिया बा, तबे ले अँजोर बा।।