भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

मकान / मोती बी.ए.

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:56, 20 मई 2015 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

एगो एइसन मकान बनाव
जवन रेसमों के टारि दे
मोलायम, नरम महीन,
झक झक झलके वाला
आ मजबूत एतना कि
केतनों जोर से हावा बहे
एह पर तनिको रेप ना लागे
आन्ही तूफान बरखा बुन्नी
सब आड़ि ले, बुझल नू।

मलिकार,
राउर सब बाति ठीक बा
बाकि एके बाति के गड़बड़ बा कि
हावा बेआरि के
कवनो देहि त होला ना
बेदेंहि वाला से देंहिवाला
कवने तरे लड़ी।
24.10.91