Last modified on 25 अगस्त 2013, at 08:53

चैत / रामनाथ पाठक 'प्रणयी'

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 08:53, 25 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामनाथ पाठक 'प्रणयी' |अनुवादक= |संग...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

आइल चैत महीना, फागुन रंग उड़ा के भागल
गह-गह रात भइल कुछ रहके टह-टह उगल अँजोरिया
सुन-सुन के गुन-गुन भँवरा के मातल साँवर गोरिया,
कसमस चोली कसल, चुनरिया राँगल, झमकल छागल
आइल चैत महीना, फागुन रंग उड़ा के भागल
खिलल रात के रानी बेली, चम्पा, बिहँसल बगिया,
भरल फूल से झूल रहल महुआ के लाल फुनुगिया,
भिनसहरा के पहरा पी-पी रटे पपिहरा लागल
आइल चैत महीना, फागुन रंग उड़ा के भागल
घर के भीतर चिता सेज के सजा रहल बिरहिनियाँ,
आँगन में गिर परल पियासे आन्हर भइल हरिनियाँ
पछुआ के ललकार पिछूती बँसवारी में जागल
आइल चैत महीना, फागुन रंग उड़ा के भागल
सिहर-सिहर रोआँ रह जाता हहर-हहर के हियरा,
हाय! लहर पर लहर उठत बा जरल जवानी-दियरा,
गली-गली में चैता गावत लोग भइल बा पागल
आइल चैत महीना, फागुन रंग उड़ा के भागल