Last modified on 6 सितम्बर 2013, at 17:11

दोहे / शत्रुघ्न पाठक

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 17:11, 6 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=शत्रुघ्न पाठक |अनुवादक= |संग्रह= }} {...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

जाति-धरम के दौर में, हरदम रहीं सतर्क।
के जोड़ी, के तूर दी, बहुत कठिन बा फर्क॥

धरम-करम सब ताक पर, धनदौलत सिरमौर।
छल-प्रपंच के राज में, श्रम के कहवाँ ठौर॥

जनता के सेवक कहे, वादा करे अनेक।
उल्लू निज सीधा करे, निसिदिन सहित विवेक॥

भाई-बंधु सब गैर हऽ, कहाँ रहल एतबार?
बीबी-बच्चा जोड़ के, नया बनल परिवार॥

मिलल शहर में नौकरी, गाँव भइल परदेश।
परियच पूछत-देत में, छुट्टी गइल अशेष॥

बेटी पिछला पाप हऽ, बेटा पुण्य प्रसाद।
बेटा टी.वी. कार दी, बेटी दी अवसाद॥