Last modified on 10 सितम्बर 2013, at 16:12

बच्चू पाण्डेय

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:12, 10 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=बच्चू पाण्डेय }} {{KKCatGhazal}} {{KKCatBhojpuriRachna}} <poem>...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

ओठ पर अब कहाँ दुआ बाटे,
शब्द के दर्द के धुआँ बाटे।
डेग कहँवा धरीं, बड़ा मुश्किल,
हर तरफ बस कुँआ-कुँआ बाटे।
भीड़ में बात के वजन का बा,
शोर खाली हुआँ-हुआँ बाटे।
एक पनघट हजार बा गगरी,
हमरा लोटा के ना ठुआ बाटे।
कबहूँ डगरा में, सूप में कबहूँ,
जिनगी उरिया रहल भुआ बाटे।
जिनगी पेवन भरल मइल लुगरी,
आस तागा, करम सुआ बाटे।
कहँवा, केकरा भरोस पर जाईं,
हर पड़ाव पर जमल जुआ बाटे।