Last modified on 1 अक्टूबर 2013, at 14:08

देवी गीत 7 / रामरक्षा मिश्र विमल

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:08, 1 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामरक्षा मिश्र 'विमल' |अनुवादक= |सं...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

माई बिंध्याचलवाली तोहरी
सरनिया कब ले आइल बानी हो
माई मोरी हमके दऽ चरन के दरसनिया
सरनिया कब ले आइल बानी हो.
 
कंस करनवा तू त परगट भइलू
गोकुल से बिंध्याचल अइलू हो
माई मोरी सभ जानेला नउँवा के कहनिया
सरनिया कब ले आइल बानी हो.
 
नउँवा तोहार लेके लंगड़ा चलेला
अन्हरो ताके खूबे हो
माई मोरी गूङवो बोलेला मीठ बनिया
सरनिया कब ले आइल बानी हो.
 
धरती प बढ़ल जब अनेतिया
सँसतिया बढ़ल देबी देवता के
माई मोरी सभके तू उबरलू जिंदगनिया
सरनिया कब ले आइल बानी हो.
 
विमल चरनिया के दास
ना कवनो दोसर आस बाटे हो
माई मोरी मनवा भावे तोहरी बखनिया
सरनिया कब ले आइल बानी हो.