Last modified on 21 दिसम्बर 2013, at 12:01

हाँ रे, राजा जनक जग ठानेलें ए / भोजपुरी

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 12:01, 21 दिसम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=अज्ञात |अनुवादक= |संग्रह=थरुहट के ...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

हाँ रे, राजा जनक जग ठानेलें ए, अब सखि धेनखा दिहले ओठंगाय,
सखि सिया-वर ठानेले ए।।१।।
हाँ रे, सीता सुभउवा कारन आइल हे, देखन आइल हे,
पृथिवी कोई नाहीं वीर, धेनुख नाहीं टूटल हे।।२।।
हाँ रे, सीता सुभाव कारन आइल, देखन आइल हे,
देखन राम भगवान, जनकपुर आइल हे।।३।।
हाँ रे, बड़ी-बड़ी भूप वीर सब आइल हे, देखन आइल हे,
पृथिवी में कोई नाहीं वीर, धेनुख नाहीं टूटला हे।।४।।
हाँ रे, बायें जे बइठल लछुमन, दुनु कर जोरले हे,
अब सखि हुकुम पइतीं भगवान, धेनुख घइ तूरब हे।।५।।
हाँ रे, बड़ी-बड़ी भूप वीर आइल हे, आहे अब सखि,
बइठेले सभवा लजाय, सिया-वर ठानेलें ए।।६।।
अंगुठा के बल देइ धेनुखा उठावे लाए, अब सखि,
धेनुखा भइले नवखंड, अब सखि मेदिनी घहराइल हे।।७।।
कि अब सखि, शिवजी भइले अगुआन, गोपीनी दल साजे लाये,
कि अब सखि, सबद भइले परशुराम, गोपीनी दल साजे लाये।।८।।