Last modified on 16 जनवरी 2015, at 20:33

जन-संगीत / जनकवि भोला

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 20:33, 16 जनवरी 2015 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=जनकवि भोला |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

हम चहनी, चाहींला, चाहत बानी
कबहूं तहरे ही खातिर मरत बानी
तोहरे पिरितिया के याद में जिनिगिया
निंदवा में अइतू सुनइती हम गीतिया
कहां चल जालू निंदवा में खोजत बानी
कबहूं....
दिन रात के बाड़ू हो तू ही दरपनवा
जवरे पिरितिया के गाइला हो गनवा
काहे जनबू ना जान जनावत बानी
कबहूं....
ना देखती कउनो हम कबो सपनवा
शहीदन के हउवे ई प्यारा जहनवा
अब कउनो ना डर बा जानत बानी
कबहूं तहरे ही खातिर मरत बानी