Last modified on 20 मई 2015, at 16:18

केतनो दुखाव / मोती बी.ए.

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:18, 20 मई 2015 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मोती बी.ए. |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatKavita}...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

केतनो दुखाव दुखात नइखे
चढ़ि जब आवता त जात नइखे
कहवाँ ले जाई ई बुझात नइखे
जाने पर जाई त जनात नइखे

नंगा बाटे एतना लुकात नइखे
हीत ह कि मुदई चिन्हात नइखे
एइसन अझुराइल सझुरात नइखे
सोझ टेढ़ कुछू फरियात नइखे

जो ई उपराई त तराई नाहीं
कबो जो तराई उपराई नाहीं
कवनो तरे राखीं एके रही नाहीं
पूछबो जो करी कुछू कही नाहीं।
15.11.93