Last modified on 20 मई 2015, at 17:09

डूबल उतराइल / मोती बी.ए.

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 17:09, 20 मई 2015 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

जब हम सागर में बूड़त-उतरात
बचे खातिर
कवनो थाह लगावतानी
त कहे वाला कहता-
हम मनबढ़इ करतानी
कहता कहता-
अपने मन के रोक
छपटा मति
धीरज राख

हम जबले ओकर बाति सूनतानी
तबले कई गच्चा खा चूकतानी
साँसि टँगा जातिबा
जीव तर-ऊपर होख लागता

कहे वाला कहि के चलि जाता
हम सागर में फेनू तरा जातानी
बूड़त उतरात छपटाए लागतानी
सागर थहावे लागतानी
सहारा बदे हाथ बढ़ावे लागतानी
का हम
तराइले रहि जाइबि
कबे उपराइब ना!
22.06.93