Last modified on 23 जनवरी 2018, at 22:31

पता नइखे / सरोज सिंह

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 22:31, 23 जनवरी 2018 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सरोज सिंह |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatBhojpu...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

कहीं भगवान के पता नइखे
कहीं इंसान के पता नइखे
सगरो अन्हियार बढल बा
सुरुज-बान के पता नइखे
पोथी पढ़ पंडित बन गईले
जिए-भर ग्यान के पता नइखे
कबले होई आस के अंजोर
ऊ बिहान के पता नइखे
इहाँ मुर्दा बनल सब अदमी
अब समसान के पता नइखे
बदलत बा इंसान के फितरत
कहीं ईमान के पता नइखे
बाड़ खा गईल सगरो खेत
उ निगहबान के पता नइखे
जे उगवलस खेत में सोना
ओकरे धन-धान के पता नइखे
जेहमे कब्बो करज न उगे
ऊ सिवान के पता नइखे