Last modified on 28 अक्टूबर 2010, at 22:08

जे राग मन में बाटे, सुर पर सधात नइखे / मनोज भावुक

Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 22:08, 28 अक्टूबर 2010 का अवतरण (नया पृष्ठ: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> जे राग मन में बाटे, सु…)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)


जे राग मन में बाटे, सुर पर सधात नइखे
काहें दो बात मन के, साथी, कहात नइखे

कहिये से जे बा बइठल, भीतर समा के हमरा
हहरत हिया के धड़कन ओकरे सुनात नइखे

बदलाव के उठल बा अइसन ना तेज आन्ही
कहवाँ ई गोड़ जाता, कुछुओ बुझात नइखे

दरियाव उम्र के अब 'भावुक' उफान पर बा
हमरा से बान्ह एह पर बन्हले बन्हात नइखे