Last modified on 8 अप्रैल 2012, at 14:53

दिल चुरावे ना आवेला उनका / मनोज भावुक

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:53, 8 अप्रैल 2012 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} {{KKVID|v=zazillrxdnk}} {{KKCatGhazal}} <poem> दिल ...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

यदि इस वीडियो के साथ कोई समस्या है तो
कृपया kavitakosh AT gmail.com पर सूचना दें

दिल चुरावे ना आवेला उनका
गुल खिलावे ना आवेला उनका
 
बात के त लगा लेलें दिल से
दिल लगावे ना आवेला उनका
 
जान से जादा चाहेलें हमके
ई बतावे ना आवेला उनका
 
साध लागेला हमरो कि रुसीं
पर मनावे ना आवेला उनका
 
बाड़े गजबे छलक जालें कतहूं
गम छुपावे ना आवेला उनका
 
सब पे विश्वास कर लेलें भावुक
आजमावे ना आवेला उनका