भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

बहुत कुछ कहाइल / पाण्डेय कपिल

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:29, 30 जून 2013 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

बहुत कुछ कहाइल,बहुत कुछ लिखाइल
मगर बात मन के कबो न ओराइल

लिखाइल भले बात हिरदय से अपना
मगर ऊ लिखलका कबो न पढ़ाइल

हमरा देक्ज के ऊ नज़र फेर लिहले
पहुँचली जबे हम उहाँ पर धधाइल

बताईं ना, कइसे ऊ मन से हटाईं
सहज रूप उनकर जे मन में समाइल

कहाँ बाटे फुर्सत की सोचत करीं हम
इहाँ रोजी-रोटी के दँवरी नधाइल.