भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

हमरा प्रान का झोली में / रवीन्द्रनाथ ठाकुर / सिपाही सिंह ‘श्रीमंत’

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 11:26, 10 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रवीन्द्रनाथ ठाकुर |अनुवादक=सिपा...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

हमरा प्रान का झोली में
अतना कुछ तूं जरूर भर देले बाड़ऽ
कि अगर अबहिएँ हमार मृत्यु हो जाय
त हमरा तनिको खेद ना होई।
रात दिन
ना जानीं जे कतना दुख आ कतना सुख में,
ना जानीं जे कतना किसिम के स्वर
हमरा हृदय में उमड़वले बाड़ऽ?
ना जानीं जे कतना किसिम के भेस ध के
हमरा घर में प्रवेश कइले बाड़ऽ
ना जानीं जे कतना किसिम के रूप बनाके
हमरा हृदय के हरन क ले ले बाड़ऽ
अगर अबहिए हमार मृत्यु हो जाय
त तनिको हमरा खेद ना होई।