Last modified on 31 अगस्त 2013, at 13:24

आगि कहीं दहकल / भोलानाथ गहमरी

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:24, 31 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=भोलानाथ गहमरी |अनुवादक= |संग्रह= }} {...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

ताड़ पर से उतरल
खजूरे पर अँटकल
सपना के जंगल में
आगि कहीं दहमल। सपना...
जिनिगी के पोखरा में
रोज पड़ल जाल,
बाहर से भीतर बा
गरई के हाल,
कीचड़ में रात-दिन
जियरा बा सउनल। सपना...
सोन्ह-सोन्ह चिखना पर
गरम-गरम रस,
उनकर तकदीरे के
रेखा बा ठस,
हमरा त माथे
तलवार बाटे लटकल। सपना...
रोज-रोज कुआँ त
रोज-रोज पानी,
पी-पी के जीयत बा
घर के परानी,
दुनियाँ के डहली पर
पाँव नाहीं बहकल। सपना...