Last modified on 31 अगस्त 2013, at 14:25

मन केतना कलुस / उमाकान्त वर्मा

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:25, 31 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार= |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatBhojpuriRachna}} <poem> मन ...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

मन केतना कलुस।
तनल रहल डोरी बा
काँपत बा धनुस।
मन केतना कलुस।
सपना सब टूट गइल
आपन सब छूट गइल
भेटत बा कतहूँ ना कवनो नहुस।
मन केतना कलुस।
अँजुरी में ताजमहल
आँसू के फूल
लोप रहल पुरवइया
चूवत जस धूल
तबहूँ ना थाकत बा आपन पउरुस।
मन केतना कलुस।
छिप आइल कंधा पर
आकुल बा देस
अभिमन्यु गढ़त बा
अबहूँ परिवेस
रोप रहल चिन्तन बा पउधा अकलुस।
मन केतना कलुस।