Last modified on 1 सितम्बर 2013, at 12:56

हमरा सँगे अजीब करामात हो गइल / मनोज भावुक

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 12:56, 1 सितम्बर 2013 का अवतरण

हमरा सँगे अजीब करामात हो गइल
सूरज खड़ा बा सामने आ रात हो गइल

एह मोड़ पर हमार ई हालात हो गइल
खुद जिन्दगी भी बाटे सवालात हो गइल

परिचय हमार पूछ रहल बा घरे के लोग
अइसन हमार हाय रे, औकात हो गइल

जमकल रहित करेज में कहिया ले ई भला
अच्छे भइल जे दर्द के बरसात हो गइल

'भावुक' हो! हमरा वास्ते बाटे बहुत कठिन
भीतर जहर उतार के सुकरात हो गइल