भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
हरसिंगार / बैद्यनाथ पाण्डेय 'कोमल'
Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:40, 6 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=बैद्यनाथ पाण्डेय 'कोमल' |अनुवादक= |...' के साथ नया पन्ना बनाया)
हरसिंगार के सिंगार में जगल बहार बा।
डार-डार पात-पात में जगल दुलार बा।
देख के सिंगार सब
बिहँस रहल अकाश बा।
हाव-भाव देख के
जिया भरल हुलास बा।
सिहर-सिहर सिहा रहल चिहा रहल बयार बा।
झूमि-झूमि डाल-डाल
मौन गीत गा रहल।
सपना के बात आज
साँचि बनि के आ रहल।
कल्पना अकार-हीन बन गइल सकार बा।
भाव लाख-लाख सुनर
कविता के जाग गइल।
फूलन के रंग संग
आज झूम राग गइल।
प्यार-धार हार एह पर सब कुछ निसार बा।
हरसिंगार के सिंगार में जगल बहार बा।