Last modified on 6 सितम्बर 2013, at 16:54

गली-गली बिछल बा काँटा / धीरेन्द्र बहादुर 'चाँद'

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:54, 6 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=धीरेन्द्र बहादुर 'चाँद' |अनुवादक= |...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

गली-गली
बिछल बा काँटा
बैंगनी, सिन्दुरी
पीला सपाटा
मन में उठाल बा
खेतन में ताल बा
पर्वत कछार पर
सतरंगी पाल बा
फूँकद!
किसुना के शंख
भावना के
लाग जाई चाँटा
गली-गली
बिछल बा काँटा।
कुहरा में डूब गइल
चीखत सबे गाँव बा
थथमाइल पपनी के
पियराइल पाँव बा
छील द!
दहशत के पंख
भाग जाई
जमकल सन्नाटा
गली-गली
बिछल बा काँटा।
धधकत सृंगार देख
मन अकुलाइल बा
नफरत के आग देख
समय घबराइल बा
बाजे द!
बिगुल असंख्य
फगुहारा जोड़ी ई फाँटा
गली-गली
बिछल बा काँटा
बैंगनी, सिन्दुरी
पीला सपाटा।