Last modified on 1 अक्टूबर 2013, at 13:58

देवी गीत 2 / रामरक्षा मिश्र विमल

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:58, 1 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामरक्षा मिश्र 'विमल' |अनुवादक= |सं...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

निमिया के पुलुईं उपरा लागल बा झूलनवा
हो कि से ही उपरा ना
मइया के सोभेला असनवा
हो कि से ही उपरा ना.
 
झुलेला असनवा आ झुलावेला पवनवा
हो कि सारी नगरी ना
गम गम गमकेले बयरिया
हो कि सारी नगरी ना.
 
माई तोरा अइलीं हम चरनिया के सरनिया
कि असिसवा दीह ना
सगरो होखो मंगलगान
कि असिसवा दीह ना.
 
विमल करेले मन लगाइके पुजनिया
कि नयनवा फेरिहऽ ना
सेवक आइल बा दुअरिया
कि नयनवा फेरिहऽ ना.