Last modified on 1 अक्टूबर 2013, at 14:02

देवी गीत 5 / रामरक्षा मिश्र विमल

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:02, 1 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामरक्षा मिश्र 'विमल' |अनुवादक= |सं...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

मइया धीरे धीरे आवेली अङनवा हो ना.
 
गमकेले सगरी डगरिया कि रतिया अँजोरिया हो ना
कि मइया थाहि थाहि धरेली चरनवा हो ना.
 
बघवा जे चले तरनाई आ ताके गुरनाई हो ना
कि भरि भरि आवेला डेराइ के नयनवा हो ना.
 
मइया जे हँसेली ठठाके कि कोरा में उठाके हो ना
कि अपना अँचरा से पोंछेली नयनवा हो ना.
 
विमल चरनिया के दास ओही के बाटे आस हो ना
कि मइया राखि लऽ ना अपने सरनवा हो ना.