Last modified on 11 अक्टूबर 2013, at 13:43

राम लखन मोरा बनके गवन कइलें / महेन्द्र मिश्र

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:43, 11 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह=...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

राम लखन मोरा बनके गवन कइलें
देखहुँ के भइले सपनवाँ हो लाल।
कवने विरिछ तरे होइहें रे ललनवाँ
से रोवते नू होइहें बिहनवाँ हो लाल।
जब सुधि आवे राम जी साँवली सुरतिया
से व्याकुल होखे ला परानवाँ हो लाल।
केकई के हम का ले बिगरलीं से
बसलो उजारेली भवनवाँ हो लाल।
भोरहीं के भूखे होइहें पियासे मुँह सूखत होइहें
दूखत होइहें कोमल चरनवाँ हो लाल।
कहत महेन्द्र मोरा तरसे नयनवाँ
से कबले दू होइहें मिलनवाँ हो लाल।