Last modified on 11 अक्टूबर 2013, at 14:44

जेंवहीं बइठेलें राम चारो भइया से / महेन्द्र मिश्र

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:44, 11 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह=...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

जेंवहीं बइठेलें राम चारो भइया से सखी सभे पारेली गारी हो लाल।
सोने के थारी में जेवना परोसिले जेवन लागे राजा के कुँवरवा हो लाल।
हँसी-हँसी पूछेली सारी से सरहज के राउर बाप महतारी हो लाल।
रउरा त हई राम जी घर के निकलुआ से मुनि संगे फिरे धेनुधारी हो लाल।
का करे जाएब राम जी अवध नगरिया से फूहरी तोहारी महतारी हो लाल।
लाख-लाख गारी तोहे देहब सँवरि से हमनी के छोड़ी जिन जइहऽ हो लाल।
जो तुहूँ जइब राम जी अपनी नगरिया से हमनी के संगे लेले जइहऽ हो लाल।
मइयो के गारी तोहरा बहिनीके गारी से टोलवा परोसियों के गारी हो लाल।
विश्वामित्र मुनी दाढ़ी डोलावेलें इनहूँ के दीहों आजु गारी हो लाल।
गाधी सुअन हउएँ बाले के तारसी त उनका केकर परी गाली हो लाल।
निरखे महेन्दर मोहे सभके परानवाँ से भरि लेहु भर अंकवारी हो लाल।