Last modified on 11 अक्टूबर 2013, at 16:11

चढ़ली जवनिया भइली जिउआ के जंजाल / महेन्द्र मिश्र

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:11, 11 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह=...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

चढ़ली जवनिया भइली जिउआ के जंजाल ए परदेसी सइयाँ।
ऊतऽ फँसि गइलें कूबड़ों के जाल ए परदेसी सइयाँ।
कहिके गइलें आएब परसों बीत गइलें बरसों ए परदेसी सइयाँ।
केकरा से कहीं जिव के हाल ए परदेसी सइयाँ।
प्रेमवाँ के रोगवा में रात दिन सोगवाप ए परदेसी सइयाँ।
भइल बारें पगली के हाल ए परदेसी सइयाँ।
धरीं कवन भेस हम जाई कवन देस ए परदेसी सइयाँ।
उज्जर भइलें मुड़िया के बाल ए परदेसी सइयाँ।
हमनी के स्याम तेजे चिठियों ना भेजे ए परदेसी सइयाँ।
परलें सवतिया से हवाल ए परदेसी सइयाँ।
रस में भोरवले बारी झांवर भइली सारी ए परदेसी सइयाँ।
द्विज महेन्दर जियरा बेहाल ए परदेसी सइयाँ।