Last modified on 11 अक्टूबर 2013, at 23:11

बिरहा सतावेला बिरहा सतावेला / महेन्द्र मिश्र

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 23:11, 11 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह=...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

बिरहा सतावेला बिरहा सतावेला।
हम बिरहिनियाँ के बिरहा सतावेला।
तरपेले मीन जइसे जल बीचे नदिया में
ओइसही बेदरदी स्याम हमके तड़पावेला। विरहा।
केकरा से कहीं पीर नयना से ढरे नीर
स्याम बिनु सखि रे नीनीयो ना आवेला।
जब जब इयाद पड़े जान दे दीं मन करे
स्वाती बूंद पपीहा के जइसे तड़पावे ला।
कहत महेन्द्र स्याम करेला बेहाल काम
सारी रे उमिरिया मोरी कलपत बितावेला। हम विरहिनियाँ के।