Last modified on 14 अक्टूबर 2013, at 10:48

कइसे जाईं ससुरारी / महेन्द्र मिश्र

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 10:48, 14 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह=...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

कइसे जाईं ससुरारी।
खेलत मैं रहनी हो सिपुली मउनिया से आई गइले गवना के नियारी हो/कइसे।
बाबा घरे रहितें मोरा भइया घरे रहितें त फेरी दीते डोलिया कहाँरी हो/कइसे।
काँचहीं बाँसवा के डोलिया बनवलें से लागी गइलें चारि गो कहाँरी हो/कइसे।
नाहीं मोरा लूर ढंग एकहू रहनवाँ पिया हमसे करिहें पुछारी हो/कइसे।
मिली जुली लेहु सभ सखिया सलेहरी से छूटी गइलें बाबा के दुआरी हो/कइसे।
कहत महेन्दर कुछ नीको ना लागे से खुलि गइलें कपट कँवारी हो/कइसे।