Last modified on 22 अक्टूबर 2013, at 11:48

सभका के देलऽ रामजी अनधन सोनवा / महेन्द्र मिश्र

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 11:48, 22 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह= }...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

सभका के देलऽ रामजी अनधन सोनवा
बनवारी हो हमरा के लरिका भतार।
लरिका भतार ले के सुतली अँगनवा।
बनवारी हो रहरी में बोलेला सियार।
सियरा के बोली सुनी जागेला बलमुआँ
बनवारी हो रोई-रोई करेला हँकार।
चुप-होखु चुप होखु नन्हका बलमुआँ
बनवारी हो तोहे देबों मोतियन के हार।
खोले के त चोली बंद खोलेला केवांरी
बनवारी हो जरि गइले एड़ी से कपार।
कहत महेन्दर हम पुरूब में चुकलीं
बनवारीं हो इहे विधि लिखलें लिलार।