Last modified on 22 अक्टूबर 2013, at 12:06

कोसिला सुमित्रा रानी करेली सगुनवाँ सें / महेन्द्र मिश्र

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 12:06, 22 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह= }...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

कोसिला सुमित्रा रानी करेली सगुनवाँ सें
कब अइहें रामजी भवनवाँ हो लाल।
ताहिरे समइए रामा एक सखी बोलली
कि आई गइले राम दुनू भइया हो लाल।
लंका जीति अइलें राम अवध नगरीया से
बाजेला आनंद बधइया हो लाल।
तबला सरंगी बाजे ढोल ओ सितार से
बड़ी नीक लागे सहनइया हो लाल।
चिहुँकी कोशिला रानी ठाढ़े अँगनवाँ से
कहाँ बारे राम जी ललनवाँ हो लाल।
कइसे के लंका जीति अइलें तपसिाय से
अबहीं तो छोटे दुनू भइया हो लाल।
छोटे-छोटे बहियाँ रामा उमिर लरिकइयाँ से
छोटी-छोटी तीरवा धेनुहिया हो लाल।
कहत महेन्दर भरि देखलीं नयनवाँ से
छूटि गइलें जमके दुअरियाहो लाल।