भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

माँगी-चाँगी अनले महादेव / भोजपुरी

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 10:07, 21 दिसम्बर 2013 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

माँगी-चाँगी अनले महादेव सूपा भरी धान हे।
अरी हो, बाघ-छाला देहले पसारी, बछहां बएला खा गइले।।१।।
अरे हो, अदहन दीहले चढ़ाई,
अरी हो, अइसन नगरिया केलोग पइंच न दिहलै।।२।।
अरे हो, अइहन दिहलें हो उतारी, गउरा मने-मने झउखेले।
अरी हो, सांझ बेरी अइहें महादेव, केथी लेके जेंवाइब।।३।।
केथी चढ़ बइठल गउरा मने-मन झउखेले।।४।।
अरे सोनवा के बनल सिंहासन, रुपवे मढ़ावल
अरी हो, तेही पर चढ़ी गउरा, मने-मन झउखेले।।५।।

(लछमिनी देवी द्वारा गाया हुआ रूप)

केथी कर बनत हो सिंहासन, केथिए हो भरावन हे
अरी हो, ताही चढ़ि अइले हो महादेव, मने-मने झउखेला हे।।
सोने के बनत हो सिंहासन, रूपवे भरावन हे
अरी, ताही हो चढ़ि अइले महादेव, मने-मने झउखेला हे।
अदहन दिहली हाँ चढ़ाई, गउरा पइंचा माँगिले हे,
अरी हो, माँगी-बानी अनले महादेव, सूपा भरी धान हे।
माँगी-चानी अनले महादेव सूपा भरी धान हे,
अरी हो, दुअरे हे देहली पसारी, बसहाँ बैला खा गइले हे।