Last modified on 24 दिसम्बर 2013, at 13:30

वर राम अइले, वर राम अइले / भोजपुरी

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:30, 24 दिसम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=अज्ञात |अनुवादक= |संग्रह=थरुहट के ...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

वर राम अइले, वर राम अइले, हाथ लिहले सुई-डोरवा,
आपने माई के सिअलख, आपने बहिनि के सिअलख,
आपन सिअलख, आइल सिअना दामाद, आइल।।१।।
वर राम अइले, वर राम अइले, हाथ लेले करछुलवा
आपन माई के दगलख, आपन बहिनी के दगलख
आइल रे रे अब दागना दामाद, आइल रे।।२।।
आदल बरवा मरदा आइल रे, हाथ लिहले कजरवटा,
आपन माई के टिकलख, आपन बहिनी के टिकलख
आइल रे अब टिकना दामाद, आइल रे।।३।।