Last modified on 2 फ़रवरी 2015, at 09:14

गांधी क देस में / विनय राय ‘बबुरंग’

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 09:14, 2 फ़रवरी 2015 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=विनय राय ‘बबुरंग’ |अनुवादक= |संग्...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

केतना अनर्थ होत बा गांधी क देस में।
अजुवो बा कंस जीयत आंधी क भेस में।।
हर मोड़ पर गली-गली बन्दूक बा तनल
हर रोज जान जात बा गांधी क देस में।।
बेटा हरन भइल त लौटल ना आजु ले
अइसन मचल आतंक बा गांधी क देस मंे।।
जहवां सदन में हिंसा बा नीति बन गइल
ऊ देस प्रेम का करी गांधी के देस में।।
मुलजिम फंसा के नाहक भऽरत बा जेल में
कातिल आजाद बा घुमत गांधी क देस मे।।
कहवां गइल अलगू आ जुम्मन क जमाना
इंसाफ कहां होति बा गांधी क देसा में।।
कइसे जियब खुसी-खुसी सौ बरीस तक
अइसन जमाना आ गइल गांधी क देस में।।