भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

आस के एक दिया / मोती बी.ए.

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:35, 20 मई 2015 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मोती बी.ए. |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatKavita}...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

आस के एक दिया जवने तरे जरत बाटे
दिल के हसरत सजी ओही तरे मरत बाटे
एगो खाहिस रहे त दिल में हम रोलीं गालीं
मजार पर मजार परत दर परत बाटे
अपने हाथे से दिया आके जो बुता देते
एगो हसरत इहे दिल में मरत जियत बाटे
दिल के मालूम बा ई साँप ह रसरी ना ह
जानतो बा तबो ओही के उ धरत बाटे
हमरे जियला में भा मुअला में जब फरक नइखे
मूँगि छाती पर का रहि रहि के ऊ दरत बाटै
16.10.93