Last modified on 20 मई 2015, at 16:57

सुखले के मरी / मोती बी.ए.

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:57, 20 मई 2015 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

के धैर्य धरी
सुखले के मरी

मउवति जे रसगर बनाई
ओही में जब जीव सउनाई
मुअले के डर ना रहि
जियला के मजा आ जाइत

चाहतानी
सउना-मउना हो जइतीं
मउवति के पाग से
जिनिगी के लाई बन्हाइत
घरघर बँटाइत

के धैर्य धरी
सुखले के मरी।
31.01.92