Last modified on 20 मई 2015, at 17:05

सूर्योदय / मोती बी.ए.

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 17:05, 20 मई 2015 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

मोती होखो भा धोती
करिया जो लागि गइल
त सूर्योदय हो जाई।
काहें कि
उजरे पर करिया भभकेला
अन्हरिए पर अँजोरिया चमकेला
चारो ओर हल्ला हो जाई
सब कहे लागी
कि मोती पर करिखा लागि गईल
मोती पर करिखा लागि गइल
मोती भा धोती के
ई बाति बाउर ना लागी
बाकी मोती बी.ए. के बहुत दुख होई
आ सूर्योदय होते ऊ
जियते मरि जइहें।
11.08.92