Last modified on 20 मार्च 2017, at 10:31

देखऽ अब का होला / चंद्रशेखर मिश्र

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 10:31, 20 मार्च 2017 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=चंद्रशेखर मिश्र |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

देखऽ अब का होला!

जवन कब्‍बो ना करे के
तवनो कइलीं
जहँवा गइले पाप परेला
तहँवो गइलीं
जनलस अरोस-परोस
जानि गयल टोला
देखऽ अब का होला !

कहलीं, त कहलन -
ई का कइलऽ?
गंगा के घरे जनमलऽ
गड़ही में नहइलऽ? !
का ऊ ना जनतन जे कमल -
गड़हिए में होला ?
देखऽ अब का होला !

सरग हमैं ना चाहीं
हम त पा गइलीं
केहू जरो
हम त जुड़ा गइलीं
तोहार नाँव लेके
पी गइलीं जहर
रच्‍छा करिहऽ भोला
देखऽ अब का होला !

उँह...!
जवन होए के होई
तवन होई
एह डरन मनई
कब ले रोई।
हमके ?
'हरि प्रेरित लछिमन मन डोला'
देखऽ अब का होला !