Last modified on 13 सितम्बर 2017, at 16:40

आइल बा वोट के जबाना हो / विजेन्द्र अनिल

अनिल जनविजय (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:40, 13 सितम्बर 2017 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=विजेन्द्र अनिल |अनुवादक= |संग्रह= }...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

आइल बा वोट के जबाना हो,
पिया मुखिया बनिजा।

दाल-चाउर खूब मिली, खूब मिली चीनी,
फेल होई झरिया-धनबाद के कमीनी,
पाकिट में रही खजाना हो,
पिया मुखिया बनिजा।

जेकरा के मन करी, रासन तू दीह
जेकरा से मन करी, घूस लेई लीह,
हाथ में कचहरी आ थाना हो,
मुखिया बनिजा।

तोहरा से बेसी के करेला सेवा?
जिनिगीन ओढ़त रहल टाट अउर लेवा,
कबो ना मिलल नीमन खाना हो,
पिया मुखिया बनिजा।

अहरा आ पोखरा के लीह तू ठीका,
कीनि दिह हमरा के झुमका आ टीका,
गावे के फिलिमी तराना हो,
पिया मुखिया बनिजा।

आइल बा वोट के जबाना हो,
पिया मुखिया बनिजा।

रचनाकाल : 02.2.1978