Last modified on 23 जनवरी 2018, at 22:20

सखी रे / सरोज सिंह

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 22:20, 23 जनवरी 2018 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सरोज सिंह |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatBhojpu...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

एकै चाक के माटी हम सब
कुछ गढ़ल कुछ टूट गईल
कुछ बचल कुछ फूट गईल
कुछ संभरल कुछ छूट गईल
कुछ कांच कुछ सूखल गईल
कुछ पालल कुछ मारल गईल
कुछ बिगड़ल कुछ संवारल गईंल
कुछ जीतल कुछ हारल गईं
 कुछ कुंवार कुछ बियाही गईल
कुछ सादे कुछ शाही गईल
कुछ भरल कुछ रीत गईल
अईसे......सबही के जिनगी बीत गईल
सखी री! एकै चाक के माटी हम सब
कुछ गढ़ल कुछ टूट गईल!