Last modified on 21 अप्रैल 2018, at 11:05

अब्बो ले सुपवा बोलेला / जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 11:05, 21 अप्रैल 2018 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=जयशंकर प्रसाद द्विवेदी |अनुवादक=...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

ताल तलहटी, गाँव क रहटी
कब फूटल किस्मत खोलेला
अब्बो ले सुपवा बोलेला।

दिन में खैनी साँझ क हुक्का
भोरे आइल साह क रुक्का
खेती में जब भयल ना कुछहु
अन्दाता फुक्के का फुक्का
बिगरल माथा डोलेला। अब्बो ले सुपवा बोलेला।

बाढ़ में बहल गाँव पर गाँव
पहरी पर बनल मोरा ठांव
मदत लीहने शहरी बाबू
अब कइसे पड़ी मोर पाँव
फ़ांस में, मुड़ी तोलेला। अब्बो ले सुपवा बोलेला।

नन्हकी आपन भइल सेयान
कब ले राखब ओकर धेयान
धावत धूपत घीसल पनही
बेटहा के बा ढेर पयान
आस क थुन्ही डोलेला। अब्बो ले सुपवा बोलेला।

बंसखट भइल दुआरे सपना
बइठे वाला के बा अपना
नेह छोह के किस्मत फूटल
लेहल देहल भइल कलपना
मन, गगरी विष घोलेला। अब्बो ले सुपवा बोलेला।

हम त बानी लइकी के बाप
सोचते छाती लोटत सांप
कइसे लागी हाँथे हरदी
सोचते बेरी गइली काँप
बेटवा माई तोलेला। अब्बो ले सुपवा बोलेला।