Last modified on 29 अक्टूबर 2010, at 14:35

गजबे मुकद्दर हो गइल / मनोज भावुक

Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:35, 29 अक्टूबर 2010 का अवतरण (नया पृष्ठ: KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> गजबे मुकद्दर हो गइल ग…)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

KKGlobal}}


गजबे मुकद्दर हो गइल
गड़ही समुन्दर हो गइल

साथी त टंगरी खींच के
हमरा बराबर हो गइल

घरही में सिक्सर तान के
बबुआ सिकन्दर हो गइल

राजा मदारी कब भइल?
जब लोग बानर हो गइल

'भावुक' कहाँ भावुक रहल
ईहो त पत्थर हो गइल