Last modified on 7 सितम्बर 2013, at 09:33

चना / निलय उपाध्याय

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 09:33, 7 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=निलय उपाध्याय |अनुवादक= |संग्रह= }} {...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

बनिया-
बोरा के छल्ली लगाई आ
इन्तजार करी
कि बढ़ि जाय चना के भाव।
भड़भूँजा भूँजी
आ बड़बड़ाई-
चना के छपन सवाद।
आदमी जइसन
मुकमिल दुनिया होले चना के
जे महसूस करी, ले आई
खेत में
ठीक नाक के जरि, जहाँ टेढ़ रहे
खुली दुआर
अरे बाप!
अतना बड़हन घर
इहवाँ त पूरा उमिर
गँवावल जा सकेला
बिना कवनो खौफ के
सचो-
इहो एगो खुशिए बा जालन कि
दुनिया चाहे जतना
बड़हन होखे
चना से छोटे होले।