Last modified on 11 अक्टूबर 2013, at 14:43

तोहरो सूरत देखि हम मुरूछइलीं से / महेन्द्र मिश्र

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:43, 11 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह=...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

तोहरो सूरत देखि हम मुरूछइलीं से एक टक लागेला नयनवाँ से लाल।
कइसन देस कइसन गाँव के परोसिया से कइसन तोर बाप महतारी हो लाल।
अइसन बालकवा के घर से निकलले से छीन लेले तोहरो गहनवाँ हो लाल।
तोहरा के देबों जोगी शाला ओ दोशालावा से अवरू देबों सोने के जोबनवाँ हो लाल।
कबहुँ ना देखली में अइसन बटोहिया से मोही लेले हमरो परनवाँ हो लाल।
कहत महेन्द्र जोगी फड़के बदनवाँ से भूले नाहीं तोहरो चरनवाँ हो लाल।