Last modified on 28 अप्रैल 2017, at 15:42

लड़ाई हक के बा अपना, जतावल भी जरूरी बा / जौहर शफियाबादी

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:42, 28 अप्रैल 2017 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=जौहर शफियाबादी |अनुवादक= |संग्रह= }...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

लड़ाई हक के बा अपना, जतावल भी जरूरी बा
बतावल भी जरूरी बा, बुझावल भी जरूरी बा।

कबो ई साँप बहिरा ना सुनी कवनो मधुर भाषा
कड़क छिंउकी आ पैना से जगावल भी जरूरी बा।

खड़ा तुफान में होके बचावे के पड़ी टोपी
घड़ी भर माथ के अपना झुकावल भी जरूरी बा।

सही अक्षर के खातिर मश्क करहीं के पड़ी बाबू
बनावल भी जरूरी बा, मिटावल भी जरूरी बा।

बतावल बा इहे दर्शन से दर्शन जिन्दगानी के
उगावे खातिर अपना के, डूबावल भी जरूरी बा।

कबो जौहर ना देखस कोरा सपना दिन में कवनो
एही से आज उनका के घटावल भी जरूरी बा।