Last modified on 6 सितम्बर 2013, at 17:04

हो वसन्त! / रमेश नीलकमल

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 17:04, 6 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रमेश नीलकमल |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCat...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

अँखियन में लउकता बबूल
हो वसन्त!
जनि अइहऽ गाँव का सिवाना पर।
अभिये नू खेत के फसल हरियर
पाला से सहमल झऊँसाइल बा,
भूख, दरद, बेकारी के कारण
गँवन के गति-मति बउराइल बा,
बेधत बा हियरा में शूल
हो वसन्त!
जनि अइहऽ दरद का मुहाना पर।
सच बाटे मौसम ई बचपन के
डेहुंगी के मोहभंग होखत बा,
चन्दन वन में बा उनचास पवन
धूनत बा सिर माली रोबत बा,
डूबे जब लागे मसतूल
हो वसन्त!
तब अइहऽ गाँव का सिवाना पर।