Last modified on 20 दिसम्बर 2013, at 17:48

ए हाँ, भोरे से चलइत, अवध भइले साँझे / भोजपुरी

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 17:48, 20 दिसम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=अज्ञात |अनुवादक= |संग्रह=थरुहट के ...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

ए हाँ, भोरे से चलइत, अवध भइले साँझे,
ओही मधि पाकड़-तर हो लिहले रे बसेर।।१।।
ए हाँ हाँ रे, कटलों में नरखर, डँसलों में सेजे,
ओही मधु पाकड़-तर हो लिहले रे बसेर।।२।।
ए हाँ हाँ रे, घड़ी राति बोतले, पहर राति अउरो,
कवन कीड़वना हो काटे अँगंरी के पोर।।३।।
ए हाँ हाँ, उठु-उठु पातर पियवा, बारु ना रे अँजोरे,
कवन कीड़वना काटे अँगुरी के पोर।।४।।
ए हाँ हाँ, कटलों में नरखर बरलों रे अँजोरे,
काली त नगिनिया हो रामा पवरल जाई।।५।।
ए हाँ हाँ रे, अने क त बेरिया हो पाकड़ अति जुड़ि छहियाँ,
हमरी त बेरिया हो पाकड़, भइलू बटवार।।६।।
ए हाँ हाँ रे, कथिकर टँगिया, कथिअ करि बेंटे,
जरी से भीड़इबों हो पाकड़, करबों सकनाचूर।।७।।
ए हाँ हाँ रे, सोने करू टँगिया, रूपे लागले बेंटे,
जरी से कटबों हो पाकड़, करबो सकनाचूर।।८।।