भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

आदमी से आदमी अझुराइल बा / प्रभुनाथ सिंह

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

आदमी से आदमी अझुराइल बा।
सभे एक दोसरा से डेराइल बा।
मिल्लत बेमउआर आज के दिन।
सभका मगज में भँग घोराइल बा॥
नाता-रिस्ता जड़ से टूट रहल बा॥
जे जहाँ बा ऊहें से लूट रहल बा।
एह बउरइला के कवन पारावारा बा?
सभे अपने खून के चिहुट रहल बा॥

जे चोर बा, ऊ चानी काटता।
जे साध बा ऊ सीत चाटता।
उल्टा बह रहल बा गंगा के धार
दू दिन के बछुरुओ मूँड़ी झाँटता॥