भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

उदास आंख जब / हम्मर लेहू तोहर देह / भावना

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

उदास आंख जब झुकल रहल।
लोर अटक क रूकल रहल॥

कहे के बात हजार रहे।
जुबान भीतरी ढुकल रहल॥

बात के छीछा-लेदर में।
सांच केन्हु पर छुपल रहल॥

भीतर-बाहर एक्के जइसन।
बात सुनइत ऊ जरल रहल॥

घर-परिवार के बोझा लेले।
हरदम ओक्कर मन थकल रहल॥