भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

छिप के चुपके से पी-पी आँसू / प्रभुनाथ सिंह

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

छिप के चुपके से पी-पी आँसू प्यास दिल के बुझावल करीले
केहू तड़पे ना हालत पर हमरा चोट खा-खा हँसावल करीले
केतना मस्ती बा जल-जल मरे में दर्द के मार पल-पल सहे में
केतना सुख बा विरह का घड़ी में उफ् ना कह के, तड़प के रहे में

प्यार में जिन्दगी के लुटा के गीत गा-गा रिझावल करीले
चाँद के चाँदनी अँगना तहरा पाप के दाग बा बखरा हमरा
प्यार-मंथन में अमरित तहरा बा विख पिये में ना ऊजुर बा हमरा
सह के जुलुमी जमाना के ताड़न तोहर तसबीर उतारल करीले